सेना भर्ती रैली के तइयारी के जायजा लिहल गइल
August 2, 2013
अगिला 16 अगस्त से गोरखपुर का आरपीएसएफ ग्राउंड रजही पर होखे वाला सेना बहाली रैली के तइयारियन के जायजा बियफे का दिने सेना के अधिकारी जिला प्रशासन संगे बइठका कर के लिहलन. भर्ती निर्देशक जानकारी दिहलन कि हर अभ्यर्थी के आपन अंक पत्र, फोटो पहचान पत्र आ फोटोग्राफ साथे ले आवल जरूरी रही. एह रैली में छह जिला से अभ्यर्थी जुटे वाला बाड़ें आ बहुते बड़हन बीड़ जुटे के अनेसा बा. एह लोग के स्टेशन आ बस स्टैंड से रजही तक ले आवे ले जाए खातिर बस के इंतजाम के जिम्मा संभागीय परिवहन विभाग के दिहल गइल बा. बिजली के इंतजाम गोरखपुर विकास प्राधिकरण के जिम्मे रही.