झारखंड में छह गो नया मंत्री
August 4, 2013
आजु अतवार का दिने राँची के राजभवन में छह गो नया मंत्रियन के पद आ गोपनियता के किरिया धरावल गइल. एकरा साथही झारखंड के हेमंत सोरेन सरकार में नौ गो मंत्री हो गइले. आजु जवना लोग के किरिया धरावल गइल ओहमें झामुमो के चम्पाई सोरेन, सिमोनमरांडी, हाजी हुसैन अंसारी, जय प्रकाश भाई पटेल, रालोद के सुरेश पासवान आ कांग्रेस के गीताश्री ओराँव शामिल बाड़ी.