पूर्वांचल में बाढ़
August 5, 2013
बलिया में बाढ़ के कहर जारी बा. गंगा खतरा का निशान से अढ़ाई मीटर उपर बहत बाड़ी. दोकटी इलाका में जगदीशपुर आ नरदरा गाँव के दू दर्जन से अधिका अउरियो घर गंगा का कटान में नदी में गिर गइली सँ.
गाजीपुर में गंगा के पानी कम होत लउकल बाकिर बाढ़ आ कटान पहिलही का तरह चालू बा.
चंदौली में बाढ़ से एक सौ से अधिका गाँव प्रभावित बा. गोमती में लगातार पानी बढ़ला का चलते हालात बिगड़ल जात बा.
मऊ में घाघरा के पानी घटत बा बाकिर कटान बदस्तूर जारी बा.