तेरह घंटा ले गायब रहल बक्सर से बिजली
August 7, 2013
इटाढ़ी सब ग्रिड का लगे 33 हजार वोल्ट का लाइन में खराबी अइला का चलते काल्हु तेरह घंटा ले बक्सर का शहरी आ गँवई इलाकन में बिजली गायब रहल. पानी में जा के लाइन ठीक करे में घंटन लाग गइल तब जा के बिजली लवटल.