भभुआ से सासाराम होत पटना का बीच इंटर सिटी एक्सप्रेस अगिला 17 अगस्त से चलल शुरू हो जाई. इलाका के लोग ढेर दिन से एह ट्रेन ला तिकवत रहुवे. बतावल जात बा कि एह ट्रेन के लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार हरियर झंडी देखा के रवाना करवइहें. छत्तीस साल पहिले सासाराम पटना नैरो गेज लाइन बंद कर दिहल गइल रहुवे. बाद में सात साल पहिले एहिजा नया लाइन बिछा के बड़ी लाइन के गाड़ी चलल शुरु भउवे. तबहियें से लोग इंटरसिटी के माँग करत रहुवे. बतावल जात बा कि ई रेलगाड़ी सबेरे पाँच बजे पटना से खुली आ वापसी में साँझ चार बीस बजे पटना चहुँपी.
334 total views, 2 views today