अस्सी साल पुरान पुल टूटला का चलते आवाजाही मुश्किल भइल
August 11, 2013
आजमगढ़ जिला के बरदह-अंबारी रोड पर बधवां महादेव मंदिर का लगे नदी पर बनल पुल अतना टूट गइल बा कि ओह पर से कवनो बड़का वाहन पार ना कर सके. छोटका वाहन जइसे तइसे चलत बाड़ी स. जान जाईं जे एह पुल के साल 1904 में बनावल गइल रहुवे बाकिर सही देखरेख ना भइला का चलते एकर स्थिति खराब हो गइल बा.