कालीन कारीगरी सिखावे खातिर एक हजार केन्द्र शुरू होखी
August 11, 2013
कालीन कारीगरन के कमी देखत केन्द्र सरकार देश भर में एक हजार कालीन प्रशिक्षण केन्द्र शुरु करे के मंजूरी दे दिहले बिया. प्रस्ताव कपड़ा मंत्रालय से पास हो के अब कैनिबेट में आ गइल बा आ उमेद बा कि एकदू हफ्ता में ओहिजो से मंजूरी मिल जाई. हर केन्द्र पर बीस बीस गो कारीगर तइयार कइल जइहें.