दुआरी पर गिरल ट्रक से कचरा के दू जने के मौत
August 11, 2013
देवरिया के लार इलाका के देउसिया गाँव का लगे सड़कि पर एगो ट्रक एगो घर का सोझा पलटि मार दिहलसि. दुआरी पर सूतल दू आदमी का देह पर एह ट्रक का गिरला से महतारी पचास साल के तेतरीदेवी आ उनकर बाईस साल के बेटा के मौत ठाँवे पर हो गइल. बाद में आठ घंटा बाद क्रेन आके ट्रक उठवलसि. एह घटना से खिसियाइळ लोग सड़क जाम कर दिहल आ आवत जात गाड़ियन पर ढेला पत्थर मार के नुकसान चहुँपवले.