पूर्वी चंपारण के राजेपुर में नक्सलियन का खिलाफ छापेमारी में कुछ हाथे ना लागल
August 11, 2013
शुक का दिने पुलिस के जानकारी मिलल कि राजेपुर इलाका के चक्की भुड़कुड़वा गांव में नक्सलियन के बिटोर भइल बा आ नक्सली कवनो बड़हन घटना करे का तइयारी में बाड़न. एकरा बाद पुलिस पूरा तइयारी क सथे छापा मरलसि बाकिर तबले नक्सली ओहिजा से परा चुकल रहले.