फिजियोथेरापी कॉलेज में नाम लिखवावे से पहिले समुझबूझ लीं
August 11, 2013
दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय सभके चेतवले बा कि पैसेफिक कालेज आफ फिजियोथेरेपी में दाखिला पर रोक लगा दिहल गइल बा. आ एकरा बावजूद ओहिजा दाखिला शुरू होखत बा त लोग सबकुछ जान समुझ लेव. बाद में विश्वविद्यालय के कवनो जवाबदेही ना होखी. पिछला दिने कालेज अखबार में विज्ञापन देके दाखिला प्रक्रिया शुरू होखे जानकारी दिहले बिया जवना से चउँकल विश्वविद्यालय एह तरह के चेतावनी जारी कइले बा.