बिहार यूपी के पिछड़ा राज्य माने के तइयार भइल केन्द्र सरकार
August 11, 2013
नीतीश कुमार के बिहार आ अखिलेश यादव के यूपी के देश के पिछड़ा राज्यन में शामिल कर लेबे के मुद्दा पर केन्द्र सरकार तइयार हो गइल बिया. एकरा पीछे कांग्रेस के मनसा बा कि संसद में एक सौ बीस सीट देबे वाला एह दु गो राज्यन के अपना पाला में कर लिहल जाव. पिछड़ा राज्य बना दिहला का बाद ओह राज्यन के कई तरह के फायदा होखेला. जइसे कि केन्द्र से मिले वाला सहायता के नब्बे फीसदी अनुदान मान लिहल जाला जबकि दोसरा राज्यन खातिर तीसे फीसदी अनुदान होखेला.