चौसा मोहनिया रोड पर दू हाथ पानी
August 15, 2013
गंगा के पानी में फेर उफान अइला का चलते चौसा मोहनिया सड़क पर पानी बहे लागल बा. एह पानी के ऊँचाई कहीं कहीं दू हाथ ले बा.रामरेखा घाट के सीढ़ी पानी में डूब गइल बाड़ी सँ. कई इलाकन में बाढ़ के पानी फेरु पसर गइल बा. पिछला दिने पानी कम होखला का बाद दियरा के लोग चैन के साँस लिहल शुरूए कइले रहुवे कि फेर बाढ़ आ गइल.