web analytics

बलिया में गंगा के पानी फेरु बढ़ल

पिछला कुछ दिन के कमी का बाद काल्हु बलिया में गंगा नदी के पानी फेरु बढ़े लागल बा. पिछला परसों से काल्हु का बीच पानी छतीस सेंटीमीटर चढ़ल बा. घाघरा आ टोंस नदियनो में पानी बढ़े लागल बा. बलिया बैरिया नेशनल हाइवे का दक्खिन बसल गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा. भुसौला घाट का लगे कटान तेज हो गइल बा. शिवमंदिर त कटिए चुकल रहुवे अब मंदिर पर लागल बरगद के पेड़ो कटान के शिकार हो गइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: