बिहार के नियोजित शिक्षकन के तनखाह में तीन हजार बढ़वलस नीतीश सरकार
August 15, 2013
आजु पटना के गाँधी मैदान में झंडा फहरवला का बाद भाषण देत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिलवावे में उ अबहियों लागल बाड़ें. पिछला दिने पूँछ में भइल पाकिस्तानी हमला में मराइल हिन्दुस्तानी सैनिकन के, एह पाँच गो में से चार हगो बिहार के रहले, श्रद्धांजलि दिहले. एह बारे में नीतीश सरकार के तीन गो मंत्रियन के बेहूदा बयान से सरकार क बहुते किरकिरी भइल रहुवे. अपना भाषण में नीतीश कुमार बतलवले कि नियोजित शिक्षकन के तनखाह में तीन हजार रुपिया के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा.