web analytics

एगो यूनिवर्सिटी में दू सौ से अधिका कॉलेज ना रही

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग नइखे चाहत कि कवनो यूनिवर्सिटी से दू सौ से अधिका कॉलेज संबद्ध रहे काहे कि एहसे प्रशासनिक समस्या खड़ा होखे लागेला आ शैक्षणिक गुणवत्ता कम होखे लागेला. हालात अइसन हो गइल बा कि हैदराबाद के उस्मानिया यूनिवर्सिटी से 901 कॉलेज, पुणे यूनिवर्सिटी से 811, नागपुर के राष्ट्रसंत तुकादोजी महाराज यूनिवर्सिटी से 800, राजस्थान विश्वविद्यालय से 735 आ मुंबई यूनिवर्सिटी से 711 गो कॉलेज संबद्ध बाड़ी सँ. एहसे अंदाजा लगावल जा सकेला कि एह यूनिवर्सिटियन के कतना समस्या आवत होखी.

 44 total views,  5 views today

%d bloggers like this: