काल्हु भइल बरखा से बाढ़ के खतरा फेरु बढ़ल
August 18, 2013
काल्हु यूपी के अनेके इलाकन में भइल मद्धिम से तेज बरखा का चलते राज्य में बाढ़ के हालात फेर बिगड़े के अनेसा बन गइल बा. राज्य के दू सौ गाँव पहिलही बाढ़ से तबाह बा. मौसम विभाग के मुताबिक आजुओ कई जगहा तेज बरखा होखे के उमेद बा.