दू साल में यूपी बिजली का मामिला में आत्मनिर्भर हो जाई
August 18, 2013
मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि साल २०१५ ले प्रदेश बिजली का मामिला में आत्म निर्भर हो जाई. लखनऊ में पत्रकारन से बतियावत मुख्यमंत्री कहलन कि पन्द्रह हजार करोड़ रुपिया लगा के बने वाला आईटी सिटी केन्द्र से राज्य के पचीस हजार नवहियन के रोजगार मिली. लखनऊ में मेट्रो अपना तय समय, साल २०२०, ले चालू हो जाई.