web analytics

भोजपुर में गंगा के पानी शहरी इलाकन में घुसल

गंगा के बढ़त पानी आजु भोजपुर जिला के शहरीओ इलाका में पसरे लागल बा. शाहपुर, कोइलवर, बड़हरा आ आरा प्रखंड में हालात जस के तस बा. बक्सर के दियारा में आ गंगा, कर्मनासा, धर्मावती आ ठोरा नदियन का किनारे का इलाकन में हालात बिगड़ल जात बा. चौसा मोहिनिया रोड पर फेर पानी चढ़ गइला का चलते रोड पर आवाजाही बंद हो गइल बा.

सारण जिला के छपरा पटना रोडो पर अवतार नगर से मौजमपुर ले गंगा आ घाघरा के पानी हाइवे पर बहल शुरु कर दिहल बा जवना चलते एहू सड़क पर आवाजाही रोक दिहल गइल बा.

 413 total views,  2 views today

%d bloggers like this: