web analytics

ज्ञानसरोवर के ओकरा पुरनका रूप में ले आवे के तइयारी

ज्ञानपुर भदोही के ज्ञान सरोवर के गौरव लवटावे खातिर नगर पंचायत अध्यक्ष हीरालाल मौर्य के पहल पर सफाई अभियान शुरू भइल बा. शहर के मोरी अब एह सरोवर में गिरावल बंद कर दिहल गइल बा मोटर पंप लगा के गंदा पानी निकालल जात बा. एक जमाना में ज्ञान सरोवर के पानी अपना चिकित्सकीय गुण खातिर जानल जात रहुवे बाकिर अब गंदगी से एकर पानी खुदे रोग जनमावे लागल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: