पूर्वांचल विश्वविद्यालय में फोटो प्रदर्शनी लागल
August 22, 2013
वीर बहादुर सिंह पूर्वाचल विश्वविद्यालय के जनसंचार विभाग में बियफे का दिनें विश्व फोटोग्राफी दिवस पर फोटो प्रदर्शनी लगावल गइल जवना में विद्यार्थयन के खींचल फोटो प्रदर्शित कइल गइल. एह में से कुछ में जौनपुर के इतिहास बतावत इमारतन के चित्रण रहे त कुछ में पर्यावरण, गरीबी, ईट भट्ठा, कुम्हार, किसान, रिक्शा चालक, मां के ममता वगैरह के चित्रण. 25 अगस्त ले चलावल जाई.