मुहम्मदाबाद में छह गो घर कटान में बिलाइल
August 22, 2013
गाजीपुर जिला के मुहम्मदाबाद में गंगा के पानी बढ़ला का चलते बियफे का दिने सेमरा दलित बस्ती के छह जने के घर नदी के धार में बिला गइल. पुरवा शिवराय के पूरब दू बीघा खेत के जमीनो एह कटान में बिला गइल बा. एह घटना का बाद बाकी बचल लोग आपन आपन सामान निकाल के घर खाली करे में लागल बा.