web analytics

चंदौली जिला के बलुआ इलाका में सड़क हादसा में भाई बहिन के मौत

चंदौली जिला के बलुआ इलाका थाना क्षेत्र के चहनियां-हिंगुतरगढ़ रोड पर सुरतापुर गांव का नियरा बियफे का दिने एगो ट्रैक्टर के चपेटा में अइला से मोटरसाइकिल पर जात सकलडीहा इलाका के घरचित गाँव के भाई बहिन के मौत हो गइल. भाई के त ठावें पर मोत हो गइल रहुवे आ बहिन के मौत अस्पताल ले जाए का रास्ता में हो गइल. पुलिस दुनु लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि.

 202 total views,  5 views today

%d bloggers like this: