web analytics

चौरासी कोसी परिक्रमा रोके के कोशिश देश के हालात बिगाड़ दी

विहिप का तरफ से कहल गइल बा कि अगर साधुसंतन के अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा रोके के कोशिश भइल त फेर ओही तरह के हालात देश में बन जाई जइसन साल 1992 में बनल रहे आ एकर सगरी जबाबदेही यूपी सरकार के होखी. एह बारे में इलाहाबाद में बतावत विहिप के अशोक सिंहल कहलन कि जब मुलायम सिंह से बात भइल रहे तब एह परिक्रमा के रोके के कवनो बात ना कहल गइल बाकिर बाद में आजम खान के दबाव में मुस्लिम तुष्टिकरण खातिर सरकार ठेहुनिया गइल बिया. कहलन कि परिक्रमा रोके ला जेहादी मानसिकता काम करत बिया.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: