डालमियानगर इलाका में एगो किसान पर गोली चलल
August 23, 2013
रोहतास जिला के डालमियानगर इलाका के पूर्णमासी बिगहा गाँव में बुध के रात पटवन खातिर भइल झगड़ा में एगो किसान के गोली मार दिहल गइल. घवाहिल किसान कालेन्द्र यादव के इलाज डेहरी के एगो नर्सिंग होम में होखत बा आ तीन गो लोग के नाम बतावत थाना में मुकदमा लिखा दिहल गइल बा. पुलिस ओह तीनो लोग के बियफे का दिने गिरफ्तार कर लिहले बिया.