नयागाँव इलाका से चार गो लुटेरा पकड़इले
August 23, 2013
सारण पुलिस बियफे रात में नया गाँव थाना के कस्तुरी चक गाँव से चार गो लुटेरन के मय असलहा धर दबोचलसि जब ई सब गाँव का सोझा लूट के योजना बनावत रहले. एह लुटेरन में सोनू, अक्षय, रोशन, आ पूजन नाम के बदमाश शामिल बाड़ें. एकनी का लगे से मिलल मोबाइल के काल डिटेल निकलवा के अउरी जानकारी बटोरे में लागल बिया पुलिस.