सिरसाँव पोखरा में जहर डाल के मछरियन के मार दिहलन स बदमाश
August 25, 2013
सिवान जिला के दुरौंदा प्रखंड के कोड़ारीकला सिरसांव गाँव के तालाब में कवनो बदमाश जहर डाल दिहलसि जवना चलते हजारो रुपिया के मछरी मर गइली सँ. एह बारे में तब पता चलल जब शनिचर का भोर में मरल मछली उपराइल लउके लगली सँ. एह मामिला में दुरौंदा थाना में केस दर्ज करावल गइल बा.