सोनिया गाँधी के कहल बात के खारिज करत लोकसभा में नेता विपक्ष सुषमा स्वराज शनिचर का दिने कहली कि अगिला चुनाव में राजग के जीत पक्का बा आ यूपीए के तिसरका बेर सत्ता में आवे के मौका ना दी जनता. मौजूदा हालात में खराब आर्थिक व्यवस्था, भितरी आ बाहरी सुरक्षा के मिलत चुनौती, आ ढिमलात रुपिया देख के लागत बा कि सरकार के जल्दी से चुनाव करावे के चाहीं जेहसे नया सरकार एह समस्यन से प्रभावकारी तरीका से निपट सको.
324 total views, 5 views today