अतवार का दिन सिंगापुर में खेलल गइल एशियाई क्रिकेट परिषद के इमर्जिग टीम अडर २३ कप के फाइनल में भारत के टीम पाकिस्तान के नौ विकेट से हरा दिहलसि. एह जीत में लोकेश राहुल आ मनप्रीत जुनेजा के पचासा के बड़हन योगदान रहल त भारतीय गेंदबाजन के अनुशासित गेंदबाजीओ के महत्व रहल जे पाकिस्तान के १५९ रन में आउट कर दिहलसि. पाकिस्तान के टीम टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला लिहले रहुवे.
344 total views, 2 views today