web analytics

एक महीना भितरे तिसरका बेर बढ़ली गंगा

पिछला एक महीना का बीच गंगा नदी तिसरका बेर उफना गइल बाड़ी जवना से बक्सर में मल्लह चकिया आ चौसा के गंगा पंप नहरो पर पड़ल बा. एह बाढ़ से ठोरा नदी के किनारे बसल मल्लहचकिया के अलावे करहंसी आ छोटका नुआंव पंचायत के बहुते गाँव बेहाल हो गइल बाड़ी सँ. मझरिया, उमरपुर आ अजुर्नपुर वगैरह गाँवो पर बाढ़ के कहर के अनेसा बनल बा. गंगा पंप कैनाल के मोटर बंद कर दिहल गइल बा जवना चलते सिंचाई बंद हो गंइल बा. गंगा अबहियों बढ़ल जात बाड़ी.

आरा के बड़हरा में पिछला चौबीस घंटा में पानी अठाईस सेंटीमीटर चढ़ल बा त बलिया में बीस सेंटीमीटर. एह बीच वाणसागर से सोन नदी में अउरी पानी छोड़ल गइल बा जवना से हालात अउरी बिगड़े के अनेसा बन गइल बा. भोजपुर के बड़हरा, शाहपुर आ सदर प्रखंड में बाढ़ के हालत गंभीर बा. बिहिया, उदवंतनगर आ कोईलवर प्रखंड के दर्जनों गांव बाढ़ में घेराइल बाड़ें.

बलिया में अतवार का दिने गोपालनगर दूबे छपरा रिंग बन्धा टूट गइल जवना से पानी दुबे छपरा, गोपाल नगर आ उदई छपरा में पसर गइल बा. करीब दस हजार लोग एहसे प्रभावित भइल बा.

मझौंवा में श्रीनगर आ चौबे छपरा में कटान होखत बा. बघौंच के बंधुचक पासवान बस्ती में बाढ़ के पानी घुस गइल बा.

दोकटी के जगदीशपुर आ सतीघाट भुसौला कमकर बस्ती में कटान का चलते दर्जनो घर नदी का पानी में बिला गइल बाड़ी सँ.

 360 total views,  5 views today

%d bloggers like this: