उर्जा निगम इंजीनियरन के बहाली खातिर आनलाइन परीक्षा करइहें
August 28, 2013
उत्तरप्रदेश के उर्जा निगमन में इंजीनियर के साढ़े तीन हजार पद पर बहाली खातिर अब आनलाइन परीक्षा करावे के तइयारी कइल जा रहल बा. एकरा खातिर कवनो प्रतिष्ठित सलाहकार कंपनी के सेवा लिहल जाई. आवेदन खातिर बैंक ड्राफ्त जमा करे के परेशानी से बचावत अभ्यर्थियन के नेट बैंकिग भा डेबिटो कार्ड से भुगतान करे के सुविधा दिहल जाई. एह प्रक्रिया से बहाली के काम दू से तीन महीना में पूरा कर लिहल जा सकेला.
working in varroc polymers pvt. ltd binola gurgaon(haryana)