बाढ़ बढ़े के रफ्तार घटल बाकिर परेशानी बढ़ल
August 28, 2013
पिछला दिने गंगा के पानी बढ़े के रफ्तार कुछ घटल बाकिर पानी के बढ़ल जारी बा. बलिया में गंगा के पानी नेशनल हाइवे पार करे खातिर बेचैन बिया आ अब तब के हाल हो गइल बा. काल्हु साँझ के घाघरो के पानी बढ़ल शुरु हो गइल बा. इलाहाबाद, मिर्जापुर में पानी घटल शुरु हो गइल बिया त गाजीपुर में बढ़ल थम गइल बा आ अब घटल शुरु होखे के इंतजार बा.