सांसद रमांकांत यादव के परिवार के चार जने के सड़क दुर्घटना में मौत
August 30, 2013
बियफे का दिने आजमगढ़ के भाजपा सांसद रमाकांत यादव के परिवार के चार लोग के मौत मथुरा से दिल्ली जाए का रास्ता में हो गइल बा. ई लोग मथुरा में जन्माष्टमी देखला का बाददिल्ली लवटत रहुवे जब एह लोग के कार सड़क पर खड़ा दोसरा गाड़ी से टकरा गइल. एह हादसा में सांसदो घवाहिल भइल बाड़न बाकिर चोट मामूली बतावल जात बा.