web analytics

गाजीपुर में लड़िकी से जबरिया संबंध बनवले सं

गाजीपुर के सुहवल गाँव में पिछला अतवार का रात दिशा मैदान खातिर घर से निकलल एगो लड़िकी के पहिले से घात लगा के खड़ा दु गो लड़िका ओकरा के खीच के खालीमकान में ले के चल गइलें आ हाथ गोड़ बान्ह के ओकरा संगे बलात्कार कइलें. अगिला दिने लड़िकी ओह लड़िकन के घर का सोझा … Read more

 64 total views

छपरा नगर परिषद के पार्षद आशा देवी के चुनाव रद्द

राज्य निर्वाचन आयोग उमिर छिपा के चुनाव लड़े का आरोप में नगर परिषद के 42नं॰ वार्ड के पार्षद आशा देवी के चुनाव रद्द कर दिहलसि आ अब उनका पर मुकदमा चलावे के कहले बिया. साथही ओह चुनाव में तब निर्वाची अधिकारी आ सहायक निर्वाची अधिकारी से जवाब पूछे के निर्देश जिलाधिकारी के दिहले बिया. आशा … Read more

 105 total views

यूपी के मंत्री रंडीबाजी करत धरइले गोवा में

सपा सरकार के मंत्री आ सीतापुर के विधायक महेन्द्र सिहं के गोवा पुलिस रंडियन का साथे पकड़ लिहलसि. पकइइला का बाद मंत्री जी आपन चेहरा रुमाल से तोप के जनता आ कैमरा के आँख से बचे के कोशिश करत बाहर निकललन बाकिर अपना चेहरा पर लागल दाग शायदे धो पइहें मंत्री जी. हो सकेला कि … Read more

 67 total views

आदित्यनाथ आ मुलायम में तिताईल बहस

लोकसभा में आजु विहिप के चौरासी कोसी परिक्रमा रोके का मुद्दा पर भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ आ सपा सांसद आ सुप्रीमो मुलायम सिंह का बीचे तिताईल बहस सुने के मिलल. आजए फूड सेक्यूरिटी बिलो पेश होखे वाला रहुवे बाकिर परिक्रमा रोके का मुद्दा पर योगी प्रश्नकाल रोके के माँग कइले रहलें. एह मुद्दा पर तूतू … Read more

 79 total views,  5 views today

चौरासी कोसी परिक्रमा के सपा सरकार अपना पराक्रम से रोक दिहलसि

विश्व हिन्दु परिषद के साधु संत काल्हु अतवार का दिने अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा पर निकले वाला रहलें. एह परिक्रमा खातिर सरकार का ओर से मौखिक अनुमतिओ मिल गइल रहुवे बाकिर आजम खाँ विहिप प्रतिनिधि मंडल से मुख्यमंत्री अखिलेश आ सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह के अइसन विरोध कइलन कि अपना वोट बैंक खातिर सपा … Read more

 62 total views,  5 views today

पुल से मार्शल गाड़ी गिरला से एक आदमी के मौत

गोपालगंज जिला में नेशनल हाई वे अठाइस पर मांझा इलाका के कोईनी गांव का लगे बनत पुल पर से एगो मार्शल गाड़ी अतवार का दिने नीचे गिर गइल जवना से ओह पर सवार एक आदमी के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइले. घवाहिल लोग के इलाज एहिजे के एगो अस्पताल में करावल … Read more

 58 total views,  5 views today

मेंहदार मंदिर के महंथ देवशंकर गिरि के गंगालाभ

सिवान जिला के मशहूर मंदिर मेंहंदार मंदिर के महंथ देवशंकर गिरि के मौत एगो लमहर बीमारी का बाद अतवार का दुपहरिया में मंदिर परिसरे में गंगालाभ हो गइल. पचासी साल के महंथ के मौत के खबर सुन के अगल बगल के दर्जनो गाँव में शोक पसर गइल आ लोग मंदिर जा के महंथ के आखिरी … Read more

 47 total views,  5 views today

जबरदस्त लोग मुहल्ला के रास्ता बंद कर दिहल

छपरा के मौना पकड़ी बड़का दुअरा मुहल्ला में शनिचर का दिने कुछ बाहुबली रास्ता पर दीवार खड़ा कर दिहले. मुहल्ला के लोग एकरा खिलाफ एसडीओ आ एसपी कार्यालय पर प्रदर्शन कइल बाकिर एकर कवनो असर पड़त नइखे लउकत. एह दीवाल से करीब पचास घर के रास्ता बंद हो गइल बा.  60 total views

 60 total views

एक महीना भितरे तिसरका बेर बढ़ली गंगा

पिछला एक महीना का बीच गंगा नदी तिसरका बेर उफना गइल बाड़ी जवना से बक्सर में मल्लह चकिया आ चौसा के गंगा पंप नहरो पर पड़ल बा. एह बाढ़ से ठोरा नदी के किनारे बसल मल्लहचकिया के अलावे करहंसी आ छोटका नुआंव पंचायत के बहुते गाँव बेहाल हो गइल बाड़ी सँ. मझरिया, उमरपुर आ अजुर्नपुर … Read more

 69 total views

कैमूर क कुदरा में एगो बूढ़िया ट्रक से कचराइल

कैमूर जिला के कुदरा में पीएचसी का लगे जीटी रोड क्रासिंग पर एगो ट्रक एगो बूढ़िया के कचारत भाग गइल. एह में एगो अउर आदमीओ घवाहिल भइल जवना के इलाज खातिर वाराणसी भेज दिहल गइल बा. दुनु जने लालापुर के बतावल जात बाड़ें. एगो दोसरा दुर्घटना में कर्मनाशा बाजार का लगे एगो बोलेरो से कचरा … Read more

 72 total views

ट्रक आ एंबुलेंस का टक्कर में एंबुलेंस ड्राइवर के मौत

पूर्वी चंपारण के बंजरिया इलाका में खंड़वा पुल का लगे शनिचर के रात एगो ट्रक आ एम्बुलेंस के टक्कर हो गइल. एंबुलेस एगो मरीज के चहुँपावे बेतिया गइल रहुवे आ ओहिजा से मोतिहारी लवटत रहुवे जब ई हादसा भइल आ एम्बुलेंस ड्राइवर के मौत हो गइल. ड्राइवर रूपडीह गाँव के बतावल जात बा.  62 total views

 62 total views

बीएचयू के आयुर्वेद फैकल्टी के उपाधियन ला मान्यता खातिर नियुक्ति के काम शुरू

बनारस हिंदु विश्वविद्यालय के आयुर्वेद फैकल्टी के अनेके पाठ्यक्रम के केन्द्रीय भारतीय चिकित्सा परिषद के मान्यता नइखे मिलल. केभाचि परिषद के कहना बा कि फैकल्टी में योग्य शिक्षकन के कमी बा जवना से एकरा कोर्स के मान्यता ना दिहल जा सके. अब एह खाली पद पर बहाली के काम शुरू कर दिहल गइल बा. एकतीस … Read more

 53 total views

डीएसपी के घूस देबे का फेर में दू जने पकड़इले

एगो मामिला में पैरवी करे खातिर अरेराज डीएसपी के घूस दे के मनावे का कोशिश में हरसिद्धी के रानी छपरा गाँव के रामप्रवेश चौधरी आ सिरनी बाजार के मुन्ना चौधरी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.  52 total views

 52 total views

गंडक के कटाव से बगहा कब्रिस्तान पर खतरा

गंडक नदी के पानी कम होखला का बीच बगहा के पुअर हाउस कब्रिस्तान कटाव का जद में आ गइल बा. एकरा पहिले दीनदयाल नगर में कटाव प्रशासन काबू में पवलसि त अब कटाव के जोर अब कब्रिस्तान का ओर हो गइल बा. प्रशासन के कहना बा कि रतनमाला आ पुअर हाउस के कटाव काबू मे … Read more

 63 total views

इमर्जिंग टीम अंडर २३ फाइनल में भारत पाकिस्तान के हरवलसि

अतवार का दिन सिंगापुर में खेलल गइल एशियाई क्रिकेट परिषद के इमर्जिग टीम अडर २३ कप के फाइनल में भारत के टीम पाकिस्तान के नौ विकेट से हरा दिहलसि. एह जीत में लोकेश राहुल आ मनप्रीत जुनेजा के पचासा के बड़हन योगदान रहल त भारतीय गेंदबाजन के अनुशासित गेंदबाजीओ के महत्व रहल जे पाकिस्तान के … Read more

 58 total views

मिथिला राज्य बनावे के माँग उठल

अतवार का दिने मधुबनी जिला के झंझारपुर में जनसंघर्ष मोर्चा एगो सभा कर के मिथिला राज्य बनावे आ झंझारपुर के जिला बनावे के माग कइलसि. एह में अंतर्राष्ट्रीय मैथिलि परिषद के अध्यक्ष प्रो॰ कमलाकान्त झा कहलन कि मिथिला का संगे हमेशा से छल होत आइल बा आ जबले मिथिला रा्ज्य नइखे बनत तब ले एह … Read more

 40 total views

लोकसभा उपचुनाव में कर्नाटक के दुनु सीट जीत लिहलसि कांग्रेस

कर्नाटक में भइल दू गो लोकसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में कांग्रेस जनता दल सेकुलर के हरा दिहलसि. भाजपा आ येदियुरप्पा के पार्टी एह चुनाव में आपन उमेदवार ना दिहले रहुवे आ घुमा फिरा के जनता दल सेकुलर के समर्थन दिहले रहुवे. एह चुनाव में कुमारस्वामी के पत्नी आ प्रधानमंत्री रहल देवगोडा के पतोहु चुनाव … Read more

 105 total views

अगिला चुनाव व्यक्तित्व पर लड़ल जाई

राज्यसभा में नेता विपक्ष अरूण जेटली के लागत बा कि देश में होखेवाला अगिला चुनाव पार्टियन का बीच ना हो के अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव जइसन व्यक्तित्व का मुद्दा पर लड़ल जाई. नाम त ना लिहलन बाकिर अरुण जेटली के कहना रहे कि पार्टी के चाहीं कि जतना जल्दी हो सके अपना प्रधानमंत्री के उमेदवार … Read more

 78 total views

सुषमा स्वराज कहली कि अगिला चुनाव में राजग के जीत होखी

सोनिया गाँधी के कहल बात के खारिज करत लोकसभा में नेता विपक्ष सुषमा स्वराज शनिचर का दिने कहली कि अगिला चुनाव में राजग के जीत पक्का बा आ यूपीए के तिसरका बेर सत्ता में आवे के मौका ना दी जनता. मौजूदा हालात में खराब आर्थिक व्यवस्था, भितरी आ बाहरी सुरक्षा के मिलत चुनौती, आ ढिमलात … Read more

 44 total views

तिसरको बेर यूपीए के सत्ता के उमेद जतवली सोनिया गाँधी

कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी शनिचर का दिने उमेद जतवली कि तिसरको बेर यूपीए सत्ता में आई. दिल्ली में इंटरनेशनल मीडिया हाउस के उद्घाटन करत सोनिया गाँधी कहली कि अगिला लोकसभा चुनाव अपना समये पर होखी आ बतवली कि उनका सौ फीसदी विश्वास बा कि यूपीए तिसरको बेर सत्ता में आई. कहली कि जनता के सूचना … Read more

 70 total views