Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for September 2013

इतिहास मे 01 अक्टूबर

1574.. सिख गुरू अमरदास के देहावसान. 1847.. प्रसिद्ध दार्शनिक आ थियोफिस्ट एनी बेसेट के जनम लंदन मे. 1864.. कलकत्ता मे आइल बँड़ेरा से 70 हजार लोग मरल. 1867.. कार्ल माक्र्स के कालजयी कृति “दास कैपिटल” प्रकाशित भइल. 1887.. भारत के प्रसिद्ध नेता आ सामाजिक कार्यकर्ता पंडित हृदयनाथ कुंजरू के जनम. 19।9.. प्रसिद्ध मराठी कवि आ

जौनपुर के जिला समाज कल्याण अधिकारी गिरफतार

जौनपुर जिला के समाज कल्याण अधिकारी दीनानाथ राम के अपराध शाखा टीम आ वाराणसी के आर्थिक अपराध अनुसंधान के निरीक्षक काल्हु सोमार का सँझिया में गिरफ्तार कर लिहले. दीनानाथ राम के आजु मंगल का दिने गोरखपुर के अदालत मे पेश कइल जाई. साल 2003 मे मऊ जिला मे तैनात दीनानाथ राम पर आरोप बा कि

रेलवे माल भाड़ा बढ़वलसि

पहिला अक्टूबर मंगल का दिन से रेलवे आपन पार्सल आ लगेज दर में पचीस फीसदी बढ़ोतरी कर दिहले बिया. बढ़ोतरी तीनो तरह के दर में कइल गइल बा. रेलवे मालभाड़ा के तीन गो वर्ग बनवले बिया आ बढ़ोतरी एह तीनो में भइल बा. (वार्ता)

पेट्रोल सस्ता आ डीजल महँग भइल

विदेशी बाजार में दाम गिरला आ रुपिया के मजबूत भइला का चलते सोमार मंगल के अधरतिया से पेट्रोल के दाम में हर लीटर पर 3.05 रुपिया कम कर दिहल गइल. बाकिर डीजल के दाम पचास पैसा प्रति लीटर बढ़ा दिहल गइल बा. पिछला पाँच महीना में पहिला बेर पेट्रोल के दाम घटावल गइल बा. मई

नीतीशो के मामिला में सीबीआई के दुरूपयोग के अनेसा जतवलसि भाजपा

चारा घोटाला मे आरोपन के सामना करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का बारे मे अदालत में दाखिल होखे वाला सीबीआई के हलफनामा पर भाजपा के अनेसा बा कि कहीं एकरो हाल उहे मत हो जाव जवन कोयला मामिला मे उच्चतम न्यायालय मे प्रधानमंत्री के बारे मे दाखिला हलफनामा जइसन मत हो जाव. झारखंड उच्च

यूपी के पन्द्रह जिलन में मछली बीज उत्पादन केन्द्र बनावल जाई

आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़े कि यूपी के देवीपाटन मण्डल के गोण्डा आ बहराइच जिलन के शामिल कर के प्रदेश के पन्द्रह जिलन में राष्ट्रीय वृद्धि विकास योजना के तहत बढ़िया प्रजाति के मछली बीज जनमावे खातिर बीज संरक्षणशाला खोलल जइहें स. हर हैचरी पर बारह लाख रुपिया के खर्च आई जवना में से चुनाइल मछली

लालू पर फैसला का बाद राजद मुख्यालय पर सन्नाटा

राजद.अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के चारा घोटाला मामिला में जेल जातही पटना में राजद मुख्यालय पर सन्नाटा पसर गइल. पार्टी कार्यालय का पिछला हिस्सा मे अलगा से बनल कोठरियन में रहे वाला कुछ लोग निराशा जतावत कहल कि अइसन फैसला के उमेद ना रहल. पार्टी पदाधिकारियन के कक्ष पूरा खाली

किसान मेला मे किसानन के खेती के नया जानकारी दिहल गइल

जौनपुर आयोजित किसान मेला में अनेके विभाग आपन आपन प्रदर्शनी लगवले बाड़े. एह मेला में किसानन के खेती से जुड़ल नया नया जानकारी दिहल गइल. जौनपुर मे तरसवां मोड का लगे चारागाह मैदान पर लगावल एह मेला के प्रदर्शनियन के आजु जिलाधिकारी सुहास एल. वाई निरीक्षण कइलन. उनका से किसान नीलगाय के समस्या खतम करावे

सिवान में कांग्रेस नेता रिजवान खान के गोली मार के हत्या

सिवान जिला के एनएच नगर थाना के कुतुबछपरा गांव के नियरा आजु दिन दहाड़े सिमरी गाँव के रहे वाला कांग्रेसी नेता रिजवान खान के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. पुलिस बतावत बिया कि रिजवान खान मोटरसाइकिल से शहर जात रहले तबहिए दू गो मोटर साइकिल पर सवार चार गो अपराधी कुतुबछपरा गांव का

वकील पर मुकदमा भइला का बाद देवरिया के अदालतन मे हडताल

देवरिया मे दीवानी कचहरी के एगो वकील सुभाष यादव का खिलाफ पट्टीदारी का झगड़ा का चलते छेड़खानी के मकदमा दर्ज करा दिहल गइल बा. एह बात के खिलाफ आजु देवरिया के वकील हडताल कर के न्यायिक काम ठप कर दिहले. दीवानी अधिवक्ता संघ के अध्यक्ष शेषनाथ तिवारी के कहना बा कि मुकदमा राजनीतिक रसूख का

Older Posts››