web analytics

बलिया में तीन गो सराफा लुटेरा पकड़ले

मंगल के साँझ दौलौ रेल क्रासिंग का लगे से तीन गो शातिर बदमाशन के पुलिस पकड़ लिहलसि. एहनी पर कई गो सराफा लूट कांड करे के आरोप बा. ई बदमाश रसड़ा, नगरा, आ भीमपुरा इलाका में सर्राफा व्यापरियन के लूटत रहले. तीनो एके बाइक पर सवार रहलें. पुलिस के देखत भागे लगले त पुलिस के संदेह भइल आ पुलिस चहेट के एकनी के पकड़ लिहलसि. एह बदमाशन के नाम पता तारपुर कोपागंज के राम प्रताप सिंह, रसीदा आजमगढ़ के राम शब्द यादव, आ सवरा रसड़ा के राकेश सिंह बतावल जात बा. एकनी का लगे से लूट के सामान आ असलहा बरामद भइल बा.
एह बदमाशन के गिरफ्तार करे वाला पुलिस बल के एसपी का तरफ से दस हजार रुपिया इनाम देबे के एलान भइल बा

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: