web analytics

बिहार में बाढ़ के हालात पहिलही जस बा

बिहार में बाढ़ का हालात में काल्हु बुधो का दिने कवनो खास सुधार देखे के ना मिलल. मौसम विभाग के कहना बा कि गंगा, बूढ़ी गंडक, सोन, घाघरा, कमला बलान, आ कोसी दर्जनो जगहा पर खतरा के निशान से उपर बहत बाड़ी सँ. आपदा प्रबंधन विभाग के कहना बा कि बीस जिलन के पचपन लाख लोग एह बाढ़ से प्रभावित भइल बा. राहत आ बचाव के काम युद्धस्तर पर कइल जा रहल बा. २८४० गो नाव, २००६ गो चिकित्सा शिविर आ १२८ पशु चिकित्सा शिविर चलावल जात बा.

मौसम विभाग के ताजा जानकारी का मुताबिक सितंबर के दुसरका हफ्ता में राज्य में भारी बरखा होखे के अनेसा बा. आजु तीन सौ मिलीमीटर ले बरखा हो सकेला. एह चलते सगरी जिलन के चेता दिहल गइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: