पिछला कुछ दिन से बरखा में कमी अइला का चलते उत्तर प्रदेश में नदियन के पानी घटे लागल बा. बाढ़ से बारह गो जिला बहुते तबाह भइल बाड़ी स जवना में देवरिया आ बलिया शामिल बा. काल्हुओ गाजीपुर आ बलिया में गंगा खतरा का निशान से उपर बहत रहली. घाघरा बलिया में आ कुआनो नदी गोंडा में खतरा का निशान से उपर बहत बाड़ी सँ.