web analytics

सरकारी मेडिकल कॉलेजन का अगल बगल में कवनो नर्सिंग होम ना रही

बिहार सरकार अपना मेडिकल कॉलेज के दुर्दशा से परेशान होके सोचत बिया कि सरकारी मेडिकल कॉलेजन के पाँच किलोमीटर के दायरा में नर्सिंग होम खोले पर रोक लगा दिहल जाव. सरकार इहो तय कइले बिया कि दरभंगा आ भागलपुर मेडिकल कॉलेजन में दू दू सौ विद्यार्थियन के पढ़ावे लायक सुविधा मौजूद करा दिहल जाव. अबहीं एह मेडिकल कॉलेजन के सीट पचास से बढ़ा के एक सौ कर दिहले बिया मेडिकल काउन्सिल.

 362 total views,  2 views today

%d bloggers like this: