web analytics

जौनपुर के सलहदीपुर में गोली मार के हत्या

जौनपुर जिला के सराय ख्वाजा इलाका के सलहदीपुर गांव मे काल्हु अतवार का देर रात जमीन क झगड़ा लेके एक दर्जन से अधिका लोग दीपचन्द गिरी का घर में घुस के तीन लोग के गोली मार दिहल. गोली लगला का बाद तीनो जने के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ सर्वजित गिरी के मौत हो गइल आ रमेश गिरी अउर कमलेश गिरी के इलाज चलत बा. कमलेश गिरी के हालत खराब देख उनका के वाराणसी खातिर रेफर कर दिहल गइल बा.

पुलिस मुकदमा दर्ज करके लाश पोस्टमार्टम खातिर भेज दिआइल बा.(वार्ता)

 327 total views,  2 views today

%d bloggers like this: