कर्फ्यू मे पौने दू घण्टा के ढील. अब ले ४२ गो मौत
September 11, 2013
यूपी के मुजफफरनगर में काल्हु पौने दू घंटा के ढील दिहल गइल. एह दंगा में अबले ४२ गो मौत के खबर बा आ 975 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा. एहमें से नौ जने पर रासुका लगा दिहल बा. आजुओ तीन चार घंटा के ढील मिले के उमेद बतावल जात बा.
एह बीच मुजफ्फरनगर के दंगा से निबटे में अपने सरकार के रवैया से आजम खान नाराज बतावल जात बाड़न.(वार्ता)