web analytics

छपरा बाल सुधार गृह से सात गो कैदी फरार

काल्हु सारण जिला के छपरा भगवान बाजार बाल सुधार गृह से जवानन से मारपीट क के सात गो बाल कैदी फरार हो गइले. एह कैदियन में विशाल कुमार, लाल बाबू मियां, सत्यप्रकाश, सतीरंजन सिंह, राकेश महतो, अरुण राय, आ अरमान मियां शामिल बाड़े. एहनी के मामिला अबहीं अदालत में चलत बा आ सगरी विचाराधीन कैदी रहले.

पुलिस में मामिला दर्ज कर के एह फरार कैदियन के पकड़े खातिर छापेमारी होखत बा.

 350 total views,  2 views today

%d bloggers like this: