एक आदमी के गोलीमार के हत्या, हत्यारा के दुकान फुंकाइल
September 13, 2013
जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका का सोगर गांव मे जमीन लेके भइल झगड़ा में कुछ लोग एक आदमी के गोली मार दिहल, बाद में खिसियाइल लोग हमलावर का घर पर धावा बोल दिहलें आ ओकर बाइक,. ट्रैक्टर, स्कूटर, आ दुकान जरा दिहलें.
पुलिस के मुताबिक बत्तीस बरीस के हमजा के हत्या का मामिला में पाँच जने पर मुकदमा दर्ज भइल बा आ तनाव का चलते गाँव में पुलिस आ पीएसी लगा दिहल गइल बा.
(वार्ता)