चौरासी कोसी परिक्रमा के समापन पर हवन
September 13, 2013
अयोध्या में श्रीरामजन्मभूमि पर भव्य मंदिर बनवावे खातिर विहिप.के 84 कोसी परिक्रमा के समापन पर आजु विहिप मुख्यालय कारसेवकपुरम में हवन भइल परिक्रमा 25 अगस्त से शुरू होखे वाला रहल बाकिर सरकार ओहपर रोक लगा दिहलसि. विहिप के दावा बा कि आजु परिक्रमा के समापन बस्ती जिला के मखौडा में हवन का साथे पूरा हो गइल. विहिप मुख्यालय कारसेवकपुरम में साधु संत धर्माचार्यन का साथे विहिप के केन्र्दींय मंत्री पुरुषोत्तम नारायण सिंह आ राजेन्द्र सिंह पंकज परिक्रमा के हवन करके औपचारिक समापन कइलें.
विहिप सचिव पुरूषोत्तम नारायण सिंह कहले कि सरकार परिक्रमा रोक के बड़हन गलती कइलसि. कवनो धार्मिक कार्यक्रम पर रोक लगावल गलत बात बा.
(वार्ता)