सडक दुर्घटना मे दम्पति के मौत
September 13, 2013
आजमगढ जिला के महाराजगंज इलाका में बियफे का दिने भइल सडक दुर्घटना मे एगो दम्पति, मरद मेहरारू, के मौत हो गइल. पुलिस प्रवक्ता के मुताबिक चांदपुर मिश्रपुर के अब्दुल हाकिम अपना बीबी सैबुनिशा संगे कन्धरापुर इलाका में बाजार का लगे एगो सवारी वाहन का चपेटा मे आ गइलें आ दुनु जने के ठाँवे पर मौत हो गइल.
वाहन चालक के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि आ लाशन के पोस्टमार्टम ला भेजा गइल.
(वार्ता)