सपा में आजम खाँ का खिलाफ मोर्चा खुलल
September 13, 2013
आगरा में भइल सपा कार्यकारिनी का बइठक में आजम खाँ के गैरहाजिर रहला का बाद अनेके सपा नेता उनका खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न. मुलायम सिंह यादव के भाई प्रो॰ रामगोपाल यादव त इहाँ ले कह दिहलन कि अगर आजम खाँ के पद के गरिमा के ख्याल नइखे त उनुका इस्तीफा दे सकेलें. कहलन कि पार्टी से ऊपर केहू नइखे. उनुका बात के समर्थन करत राज्यसभा सदस्य नरेश अग्रवाल कहलन कि आजम खाँ के उचित मंच पर आपन बात राखे के चाहीं.
हालांकि मुलायम सिंह कहले कि आजम उनुका से कबो नाराज ना हो सकसु. कहलन कि हमनी का पुरान समाजवादी हईं सँ आ एक दुसरा के बढ़िया से जानीलें स.
(वार्ता)