सिगरा इलाका में करीब दस लाख रुपिया लूटल गइल
September 13, 2013
वाराणसी के सिगरा इलाका में नटराज सिनेमा का लगे कुछ बदमाश एगो कंपनी के दू गो कर्मचारियन के गोली मार के नौ लाख साठ हजार रुपिया लूट लिहले.
पुलिस बतावत बिया कि एगो कम्पनी के दू गो कर्मचारी सिद्धार्थ बनर्जी आ कैलाश शर्मा नकदी लेके मोटरसाइकिल से बैक के सिगरा शाखा जात रहलें तबहिए नटराज सिनेमा का लगे बदमाश दुनु के रोक के रुपिया वाल थैला छीने लगले. विरोध कइला पर दुनु के गोली मार के रुपिया लूट के परा गइले सँ. घवाहिलन के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
(वार्ता)