दिल्ली विश्वविद्यालय छात्रसंघ, डूसू, का चुनाव मे अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद, अभाविप, विजयी भइल बिया. चार में से तीन गो मुख्य पद, अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, आ संयुक्त सचिव, पर अभाविप जीतल जबकि सचिव सीट पर एनएसयूआई के जीत भइल बा. एकरा अलावे कोषाध्यक्ष पदो पर अभाविप जीतल बिया.
अभाविप के अमन अवाना अध्यक्ष चुनइले जबकि एनएसयूआई के करिश्मा ठाकुर सचिव चुनाइल बाड़ी.
दिल्ली विधानसभा चुनाव से पहिले भइल एह चुनावन के कांग्रेस आ भाजपा के बीच सेमीफाइनल मानल जात बा. जेएनयू के छात्र संघ के परिणाम अबहीं नइखे आइल.
(वार्ता)
354 total views, 2 views today