औरंगाबाद में ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत
September 15, 2013
बिहार के औरंगाबाद जिला के बारुण इलाका में हाईवे पर सिरीस पुल का लगे एगो ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत हो गइल. पुलिस के कहना बा कि भोजपुर जिला के बिहिया इलाका के कुछ लोग एगो पिकअप वैन पर मवेशी लादके वाराणसी ओरी जात रहले जब ओह वाहन के चक्का पक्चर हो गइल. वाहन सड़क किनारा खड़ा क के चक्का बदलत घरी एगो बेकाबू ट्रक वाहन मालिक डब्लू यादव, आ चालक अउर खलासी के कचारत निकल गइल. तीनो जने के मौत ठाँवे पर हो गइल.
ट्रक चालक वाहन समेत फरार हो गइल. लाशन के पोस्टमार्टम ला औरंगाबाद सदर अस्पताल भेजल गइल बा.
(वार्ता)