web analytics

अब अयोध्या मे 22 तारीख से पंचकोसी परिक्रमा करे निकली विहिप

अयोध्या के 84 कोसी परिक्रमा का बाद विश्व हिन्दू परिषद 22 सितंबर से 13 अक्टूबर ले पंच कोसी परिक्रमा करे के घोषणा कइले बिया. विहिप के अंतर्राष्ट्रीय महामंत्री चंपत राय एह बारे में काल्हु बयान जारी कइलें. एह परिक्रमा मे दक्षिण भारत के चार गो राज्य केरल, तमिलनाडु, कर्नाटक, आ आन्ध्र प्रदेश के दस गो संत आ एक सौ अनुयायी शामिल होखीहें.

परिक्रमा विजया दशमी के दिन 13 अक्टूबर के पूरा होखी आ ओकरा बाद संत अपना.अपना स्थान के लवट जइहें.

मुजफ्फरनगर के हिंसा के दुर्भाग्यपूर्ण बतावत विहिप महामंत्री कहलन कि ओहिजा अगर समय रहते सुरक्षा बल भेजल जाइत त जान माल के एतना नुकसान ना होखीत. कहलन कि धारा 144 के नाम पर विहिप के अयोध्या परिक्रमा त सरकार रोक दिहलसि बाकिर ओह हिंसा में चु्प्पी लगा गइल.
(वार्ता)

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: