web analytics

बाहर भेजात सात ट्रक राशन पकड़ाइल

काल्हु देवरिया जिला से सात ट्रक में भरके बाहर दोसरा राज्यन में बेचे खातिर ले जाइल जात सरकारी राशन बरामद कर के पुलिस एक आदमी के पकड़ लिहलसि बाकी सब भाग गइलें. उपजिलाधिकारी सदर दिनेश गुप्ता बतवले कि सोदा का लगे भारतीय खाद्य निगम गोदाम आ बगल के एगो चावल मिल पर छापामारी कर के गेहूं से लदल पांच ट्रक आ चावल से लदल दू गो ट्रक पकडलन जवना के बिहार आ पंजाब भेजल जात रहुवे, एह मामिला में मिल प्रबंधक मुन्ना जायसवाल के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
(वार्ता)

 328 total views,  2 views today

%d bloggers like this: